| |
"तोहार
नईखे कवनो जोड़, तू बेजोड़ बाड़ू हो"

"खानदान"

इंटरटेनमेन्ट इंटरटेनमेन्ट का बइनर में बनल सीरियल
"खानदान" के प्रसारन भी फरवरी से "महुआ टी.वी."
पर शुरु होखे जा रहल बा। अनिल अजिताभ के निरमान आ संतोष बादल
द्वारा निर्देशित एह सीरियल में परितोष संड, शक्ति सिन्हा, सीमा
पान्डेय, रीना रानी, सुदीप पान्डेय, सम्भावी आ पुष्पा वर्मा
मेन रोल में बा लोग। सीरियल के कहानी दुगो अइसन भाई के प्रेम
प अधारित बा बाकिर समय के साथे साथे छोट छोट बात पर दुनू में
मनमोटाव शुरु हो जात बा आ धीरे धीरे मामिला जर जायदाद ले चहुँप
जाता। एकरा बाद त आपस में एतना किचाहिन मचऽता कि ममिला अदालत
के चउखट ले चहुँप जाता आ दुनू भाई, भाई भाई ना रहके बन जातड़ऽ
सं पट्टीदार...
|
 |
 |
 |
|