Messages of Well-wishers
आजु के जमाना में ईमानदारी आ बिना पूर्वाग्रह के भोजपुरी दुनिया खातिर सकारात्मक मीडिया के बहुत जरुरत बा. हमरा पुरा आशा आ विश्वास बा कि ई भोजपुरियागुरु डाट काम एह जरुरत के पूर्ति करी. भोजपुरी समाज में राउर साइट साँचहू गुरु के भूमिका निबाही इहे हमार
शुभकामना बा.
राउर एगो,
भोजपुरी कलाकार
मनोज तिवारी
भोजपुरियागुरु डाट कॉम खातिर हमार बहुते शुभकामना बा. हमरा बढ़िया लागऽता कि भोजपुरिया संस्कृति के उजागिर करे में ई साइट फायदेमंद बा. भोजपुरिया समाज के उत्थान के दिसा में ई कारगर साबित होई. भोजपुरिया गुरु के देख के हमार मन बहुत गदगद हो गइल बा.
पाखी हेगड़े
अभिनेत्री
भोजपुरिया गुरु डाट काम देख के मजा आ गइल. ई साइट हमनी के आत्मविश्वास बढ़ावे के काम क रहल बा. रउरा के एतना बढ़िया साइट शुरु करे खातिर बारम्बार बधाई बा.
हमार मन से शुभकामना बा कि भोजपुरिया गुरु संउसे दुनिया में फइले आ एगो नया आयाम स्थापित करे.
अश्विनी शाही
उपाध्यक्ष, कादम्बरी कला परिषद
सच्चो में भोजपुरिया गुरु जइसन नाम बा ओइसने काम भी बा. हम भोजपुरी बेल्ट के रहे वाला हईं तबहूं भोजपुरी संसार पत्रिका से भोजपुरी सिखेनी. भोजपुरिया गुरु एगो बढ़िया साधन बा.
हमार मन से शुभकामना बा कि भोजपुरिया गुरु संउसे दुनिया में फइले आ एगो नया आयाम स्थापित करे.
- दिनेश लाल यादव "निरहुआ"
अभिनेता
We are glad to know about the new website - bhojpuriaguru.com.
Very very BEST WISHES to bhojpuriaguru.com
Sridher Shetty
Film Director
भोजपुरियागुरु डाट काम देखके मन खुश हो गइल. हमरा पूरा विश्वास बा कि ई सभकरा के मोही. हमार शुभकामना बा कि ई साइट अपना मकसद में कामयाब होखे.
देवी
गायिका
आज ही मैंने भोजपुरियागुरु साइट देखी. सचमुच मजा आ गया. मैं आपको तहेदिल से बधाई दे रहा हूं. आप अपने प्रयास में सफल हों . मेरी शुभकामनायें सदैव आपके साथ हैं.
विनोद मिश्रा, एडवोकेट
सचिवः कलाकार एसोसियेशन, उत्तर प्रदेश
भोजपुरिया गुरु डाट काम भोजपुरी भाषा के क्षेत्र में मील के पत्थर साबित होयी ई हमरा विश्वास बा. एकरे अलावे एह साइट पर हम लोगन के संस्कार अऊर रीति रिवाज, जेके हम लोग भुला देहले बानी, के बारे में वर्णन मिली, जेकरी वजह से हम लोगन के अपनी माटी से जुडल होवले के अहसास होला.
मनोज सिंह
राष्ट्रीय महासचिव, अखिल भारतीय भोजपुरी समाज
हमार शुभकामना बा भोजपुरिया गुरु खातिर.
भोलेनाथ करे गर्दा उड़ा दी ई डॉट काम.
गाड ब्लेस यू.
योर रविकिशन
वाह गुरू!
रउरा त सबके गुरु निकलनी.
भोजपुरिया गुरु विश्वपटल पर भोजपुरी के गुरुअई आ अगुअई करे,
एही शुभकामना का साथ
- मनोज भावुक, भोजपुरी कवि.
खुशी होता बहुते जादा कि भोजपुरी भाषा के बढ़ावे खातिर भोजपुरियागुरु.कॉम, खुलल बा.
धन्यवाद आ सलाम करत बानी भोजपुरिया गुरु के कुल टीम के.
गर्व होई अब पूरा समाज के.
शुभकामना - रानी चटर्जी
भईया प्रणाम...
माफी चाहब.. देरी से शुभकामना खातिर...
बाकिर देरी से आइल बानी..
दुरुस्त आइल बानीं. बहुते मनमोहक टाइटल बनल बा..
भोजपुरिया गुरु...
उमेद बा कि रउरा नियन अनुभवी आदमी के कुशल सम्पादन में कुल्ह भोजपुरी वेबसाइटन के गुरु साबित होई ई साइट...
कम्प्यूटर पर बइठीं त हो जाईं शुरु
खोलीं वेबसाइट भोजपुरिया गुरु...
हमार हार्दिक शुभकामना बा....
बिपिन बहार
मुम्बई
ई वेबसाइट से जुड़ल सभ लोगन के हमरा तरफ से बधाई।
भोजपुरी के विकास मे आ एकर साँच रुप सउसे दुनिया के देखावे मे ई वेबसाइट एगो नया आ साहसिक कदम बाटे।
सुदीप पाण्डेय
अभिनेता
ढेर सारी शुभकामनाऐ, हमारा लक्ष्य एक ही है भोजपुरी सेवा. भोजपुरी ने हम लोगों को बहुत कुछ दिया है. अभी हमारा फर्ज है इसे वापस करना. आपकी इस सेवा में हम साथ हैं. भोजपुरिया गुरु को मेरा सादर प्रणाम.
कल्पना
गायिका
भोजपुरिया गुरु डॉट काम के आगमन से भोजपुरी भाषा में चार चॉद लग जायेगा। यह मेरा विश्वास है।
मेरे पिछले २८ सालो की तपस्या और मेहनत को फलते फुलते और आधुनिकीकरण होते देख मै आशान्वित हूँ कि जिस बुझे हुए मशाल को लेकर बंजर जमीन पर मेरी दौड़ शुरु हुई थी वो मशाल आज तपते हुए सूरज की तरह रोशनी बिखेरता हुआ आगे बढ़ रहा है।
ईश्वर का आशीर्वाद और आप लोगों की मेहनत आप लोगो को बहुत आगे ले जायेगी।
कुणाल सिंह
महानायक
Dear Manoj Ji,
I am very happy; you have started your new website "Bhojpuriaguru.com", My good wishes to you.
Regards,
Aslam Shaikh
Film Director.
भोजपुरी के विकास अवरु समाज के बढ़ोतरी खातिर भोजपुरिया गुरु डाट काम के माध्यम से जवन प्रयास चल रहल बा ई अभी अइसन जबरदस्त धुआ बा जवन आगे आवे वाला समय में प्रचंड आग बनी. हम एके बाति कहब कि "हम राउर बानी रउवा हमार बानी, हम कतहूं रहीं, इहां रहीं, उहां रहीं, कहीं रहीं, बाकि जबे रउवा हमरा के खोजबि त पाइबि हम रउवा लगहीं बानीं" इहे अंतर के बात बा. अवरु फेरु से बहुत ढे़र शुभकामना आ बधाई बा.
बी.एन.तिवारी (बाबा भोजपुरिया)
अध्यक्ष
अखिल विश्व भोजपुरी विकास मंच
रांची
