भोजपुरी सिनेमा सम्मान २००८
थम्स अप ईटीवी भोजपुरी फिल्म सम्मान २००८ के विवरण
थम्स अप ईटीवी भोजपुरी फिल्म सम्मान समारोह २००८ आजु १५ जून के ईटीवी बिहार आ ईटीवी उत्तरप्रदेश पर रात के साढ़े नव बजे से देखावल जाई. देखल मत भुलाएम!
बनारस, अतवार ८ जून २००८ के दिन, गंगा जी के किनारा, राति के मान मंदिर घाट रंग बिरंगा रोशनी ले लकलकात रहुवे. घाट के किनारे पानिए मे स्टेज बनल रहे थम्स अप ईटीवी भोजपुरी फिल्म सम्मान २००८ समारोह के, स्टेज का सोझा देखनिहारन के गहमागहमी रहे. भोजपुरी सिनेमा जगत के कुल्हि लोग एह समारोह में भाग लेबे खातिर आइय रहे. ईटीवी नेटवर्क आ भोजपुरी फिल्म सम्मान का दिशा में लागल संतोष पाण्डेय के परिकल्पना के साकार रुप लउकत रहे. वइसे त कार्यक्रम के संचालन निधी तिवारी आ संकेत जायसवाल का हाथे रहुवे बाकिर जब ईटीवी के मुख्य निरमाता संतोष पाण्डेय एह आयोजन के मंशा आ कारन के बारे में सारगर्भित ढंग से आपन बात रखुअन त सभे उनुकर मकसद आ बोले के अंदाज के बड़ाई करुवे. बलुक कुछ लोग त इहो कहत रहुवे कि पूरा संचालन जदी इहें के करतीं त ठीक रहीत. फेरु शुरु भइल रंगारंग कार्यक्रम आ बीच बीच में सम्मान वितरन. ईटीवी उत्तर प्रदेश के सह निरमाता पंकज श्रीवास्तव के अथक परयास के चरचा जदी एह समारोह खातिर ना कइल जाव त हम समझत बानी नाइंसाफी होई.
जुरी अवार्ड
सर्वश्रेष्ठ अभिनेता दिनेश लाल निरहुआ
सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री रानी चटर्जी, छोटकी दुलहिन
सर्वश्रेष्ठ गायक उदित नारायण, माटी
सर्वश्रेष्ठ गायिका कल्पना, कब अइबू अगनवा हमार
सर्वश्रेष्ठ निर्देशक अजीत श्रीवास्तव, निरहुआ चलल ससुराल खातिर.
सर्वश्रेष्ठ फिल्म माटी
क्रिटकली अक्लेम्ड फिल्म गंगोत्री
सर्वश्रेष्ठ गीतकार विनय बिहारी, कहाँ जईब राजा नजरिया लड़ाई के
सर्वश्रेष्ठ संगीतकार अशोक कुमार दीप, गवनवां ले जा राजा जी.
सर्वश्रेष्ठ हास्य अभिनेता मनोज सिंह टाइगर, रंगीला बाबू.
सर्वश्रेष्ठ खलनायक अवधेश मिश्र, रंगीला बाबू
सर्वश्रेष्ठ सह अबिनेता प्रीतेश त्रिपाठी, पूरब
सर्वश्रेष्ठ सह अभिनेत्री रोशन खान, तुलसी
सर्वश्रेष्ठ कथानक आ स्क्रीनप्ले अभय आदित्य, पूरब
सर्वश्रेष्ठ एक्शन आरपी यादव, निरहुआ चलल ससुराल.
सर्वश्रेष्ठ नृत्य निर्देशक कानू मुझर्जी, गवनवा ले जा राजाजी.
सर्वश्रेष्ठ सिनेमेटोग्राफर प्रशान्त करन, कब अइबू अँगनवा हमार.
सर्वश्रेष्ठ सम्पादक जीतेन्द्र सिंह, निरहुआ चलल ससुराल.
सर्वश्रेष्ठ कला निर्देशक अंजनी तिवारी, माटी
विशेष पुरस्कार २००५ में राष्ट्रीय परस्कार पाये वाली फिल्म कब होई गवनवा हमार के दिहल गइल.
पापुलर अवार्ड
लोकप्रिय अभिनेता रवि किशन, जनम जनम के साथ
लोकप्रिय अभिनेत्री स्वीटी छाबड़ा, गवनवा ले जा राजाजी.
लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी
लोकप्रिय गायिका इन्दु सोनाली, कहाँ जइब राजा नजरिया लड़ाई के.
लोकप्रिय फिल्म कहाँ जइब राजा नजरिया लड़ा के.
लोकप्रिय सह अभिनेता हितेन, माटी
लोकप्रिय सह अभिनेत्री पाखी हेगड़े, गवनवा ले जा राजा जी.
लोकप्रिय खलनायक सुशील सिंह, गवनवा ले जा राजा जी.
लोकप्रिय हास्य अभिनेता संतोष श्रीवास्तव
बहुमुखी भोजपुरी सितारा के पुरस्कार मनोज तिवारी के मिलल.
"जुनून....कुछ कर दिखाने का"
भोजपुरी के अलावे २१ गो भाषा के फिलिम, आडियो अलबम आ वीडियो अलबम खातिर ५००० हजार गीतन के अपना मोहक आवाज में गवला का बाद भोजपुरी सिनेमा के स्टार गायिका कल्पना अब एन.डी.टी.वी. चइनल के रियल्टी शो "जुनून....कुछ कर दिखाने का" में एगो प्रतियोगी कलाकार का रुप में लउकिहन.
एन.डी.टी.वी. इमेजिन चइनल पर ई शो ६ जून से शुरु हो रहल बा. एह शो में सूफी आ वेस्टर्न म्यूजिक के कलाकार लोग भी रही. एह रियल्टी शो में लोक संगीत "माटी के लाल" के जज का रुप में इला अरुण, सूफी संगीत के जज का रुप में राहत फतेह अली खान आ फिलमी संगीत के जज का रुप में संगीतकार आनन्द राज आनन्द रहीअन.
कल्पना के कहनाम बा कि "हमार पहिचान आ हमार वजूद भोजपुरी भाषा आ संगीत के कारन बनल बा." भोजपुरी के करजा उतारे खातिर ऊ भोजपुरी संगीत के दुनिया के सभ देश में पहुचावे के मन बनउले बाड़ी.
ईहे खास बात बा....
सुपरस्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ सिल्वर जुबिली फिल्मन के लाइन लगा देले बाड़न. ऊ लगातारे चार गो सिल्वर जुबिली फिलिम देके एगो नया कीर्तिमान बना दिहलन. सिल्वर जुबिली फिल्मन के नाँव हः हो गईल बा प्यार ओढ़निया वाली से, कहाँ जइबऽ राजा नजरिया लड़ाई के, कइसे कहीं तोहरा से प्यार हो गईल आ निरहुआ रिक्शावाला.
ऊ रवि किशन का संगे पहिल बेर विधाता फिलिम में काम कइलन जे रिलीज होखे वाला बा आ दोसर बाहुबली बन रहल बा.
ए घरी ऊनुकर नया फिलिम लागल रह ऐ राजा जी बिहार में रिलीज भइल ह. ऊनुकर हिन्दी में वैस्नो देवी पर गावल देवी गीतन के एगो एलबम बजार में जल्दीये आवे वाला बा.
लागल रहऽ ए राजा जी

निर्माता रामाकान्त प्रसाद द्वारा निर्मित आ लेखक राजकुमार आर॰ पाण्डेय के निर्देशन में कुमारी माई मूवीज का बइनर मे बनल फिलिम लागल रहऽ ए राजा जी में देखनिहारन का सोझा नेपाली सिनेमा के सुपरस्टार आ एक्शनकिंग विराज भट्ट के जलवा लउकी एह में विराज भट्ट के नायिका बनल बाड़ी रानी चटर्जी. पूरा फिलिम में विराज भट्ट के एक्शन भरपूर बा.
फिलिम में भोजपुरी के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ, स्वीटी छाबड़ा, विराज भट्ट, रानी चटर्जी, मनोज टाइगर, रेखा थापा, आशा पेरियाज खान, गोपाल राय, संजय मनियर, जस्सी सिंह, पप्पू मिश्रा, ऋचा, सुजीत कुमार आ अवधेश मिश्रा मुख्य किरदार निभा रहल बा लोग.
फिल्म में गीत लिखले बाड़न विनय बिहारी आ पप्पू मिश्रा. आ ओह गीतन के संगीत से सजवले बाड़न अशोक कुमार द्वीप. आर एस मिश्रा आ रमेश मिश्रा की लिखल कहानी के छायाकार प्रमोद पाण्डेय बाड़न.
लागल रहऽ ए राजा जी के निर्माता रामाकान्त प्रसाद एकरा से पहिले दीदी तोहार देवर दीवाना जइसन हिट फिलिम बना चुकल बाड़न. विराज भट्ट अपना एह फिलिम से बहुते उमेद लगउले बाड़न आ कह रहल बाड़न कि फिलिम में उनुकर एक्शन सीन देखके देखनिहारन वाह वाह करी.
